khesari lal yadav feat. karishma kakkar – chal ganga kinare lyrics
(ए देवरू, चलऽ गंगा किनारे)
जानऽ तानि, महान हवे परब (अच्छा!)
बाकी, भउजी, ना करऽ disturb (काहे हो?)
सूते द, ए! (बोलऽ)
जानऽ तानि, महान हवे परब (हँ)
बाकी, भउजी, ना करऽ disturb (ओ+हो)
आवऽ ता नींद, ना जगावऽ भिनुसारे
ए देवर जी, सुनीं
सजल दउरवा ध के कपार, चलऽ गंगा किनारे
ए देवरू, चलऽ गंगा किनारे
ए देवरू, चलऽ गंगा किनारे
चलऽ
(चलऽ गंगा किनारे)
सूतल बिना आँख ललीआइल बा
नींद नइखे पूरा, ए भउजी, नींद नइखे पूरा
खटिया प नचनी, देह थकाइल बा
मनिहऽ ना बुरा, ए भउजी, मनिहऽ ना बुरा (ठीक बा)
हाली चलऽ, उग जइहें आदित्य गोसाईंया
नखरे में बीत जाई अरग के समइया
अरे, करऽ तारु तंग, तोहार भल बा बिचारे?
नेह मत करऽ
सजल दउरवा ध के कपार, चलऽ गंगा किनारे
ए देवरू, चलऽ गंगा किनारे
ए देवरू, चलऽ गंगा किनारे
(ए देवरू, चलऽ गंगा किनारे)
कहल मानऽ हमार, भउजी हो
भइया के लीयालऽ, अपना सइयाँ के लीयालऽ
जाड़ा+पाला के दिनवा हइले बा
दिक्कत में ना डालऽ, ए भउजी, दिक्कत में ना डालऽ
khesari हो, सुनाए लागल माई के जय+जय हो
घाटे चलऽ दिहले, abhishek, sanjay हो
अरे, लगलू तू कहिया के बदला उतारे
सजल दउरवा ध के कपार, चलऽ गंगा किनारे
ए देवरू, चलऽ गंगा किनारे
ए देवरू, चलऽ गंगा किनारे
Random Lyrics
- árbol – latido lyrics
- down6 – windows remix lyrics
- two k – before lyrics
- forsette – pogrom lyrics
- 10 000 år – intensive care unit lyrics
- zona sur – hippie lyrics
- mikebøi, crema007, caralinda, flexxxboyy & yungalo – 01-800-jns lyrics
- underaiki – saiko lyrics
- sophie lloyd – pressure lyrics
- eyeless in gaza – flight of swallows lyrics